भाई भोजपुरिया हो भाई भोजपुरिया ,
कर ना तुही कुछ जोगार ना त देसवा बिरान हो जाई ,
अठारह स संतावन या उनीस स बेआलिस हो ,
पड़ल बा तहरे दरकार ना त देसवा बेजार हो जाई ,
तोहरे में मंगल पांडे अलख जगावे ले ,
तोहरे में बाबु कुंवर दमवा दिखावे ले ,
अस्सी में आवे ला बाहार जब देसवा से प्यार हो जाई
भाई भोजपुरिया हो भाई भोजपुरिया
,
,
कर ना तुही कुछ जोगार ना त देसवा बिरान हो जाई ,
गाँधी जी में ताकत तोहरे से आइल हो ,
गोरान अंग्रेजन के मन घबराइल हो ,
बड़ी जोड़ से बही जब बेयार की दुश्मन के नाश हो जाई ,
जय प्रकाश नारायण के के नइखे जानत हो ,
अइसन बहवाले उ सामाजिक बेयार इमरजेंसी तबाह हो जाई..


No comments:
Post a Comment