सैयाँ गइलन बिदेस
पहुंचा के सजनी के मन के ठेस
टूटल-फूटल इंग्लिस सीख के,
फोनवा पर झाड़स उपदेश
सूट-बूट आ जूता पहिरस,
रहलन गाँव के गोबर-गनेस
फगुवा फेरु आ गईल,
जोगीरा जहजिया कब लौटी आपन देस ||
जोगीरा सा रा रा रा
सयान बेटवा के मति भईल भ्रष्ट,
घरे मचावे उत्पात
इज्जत माटी में मिला गईल,
सुने ना बडन के बात
उल्टा-सीधा सवाल करे,
समझे अपना के बाप
फगुवा फेरु आ गईल,
जोगीरा भंगवा से होखी इलाज ||
जोगीरा सा रा रा रा,
फागुन महिनवा आ गईल,
सबुनवा लगावे न कोय
रंग के ऊपर रंग चढ़े,
अंग-अंग संग भिगोय
फगुवा फेरु आ गईल,
जोगीरा लगे जैसे जंग होय ||
जोगीरा सा रा रा रा, कबीरा आ रा रा रा.....
पूस-अघन ना हम देखनी,
ना कवनो कार्तिक-कुआर
साल भर में जमा कईनी,
दुसमन दस हजार
कहीं बोली चले कहीं गोली,
सबके लगे हथियार
फगुवा फेरु आ गईल,
जोगीरा दुश्मनो लागे जैसन यार ||
जोगीरा सा रा रा रा
~~@vadhesh~~
पहुंचा के सजनी के मन के ठेस
टूटल-फूटल इंग्लिस सीख के,
फोनवा पर झाड़स उपदेश
सूट-बूट आ जूता पहिरस,
रहलन गाँव के गोबर-गनेस
फगुवा फेरु आ गईल,
जोगीरा जहजिया कब लौटी आपन देस ||
जोगीरा सा रा रा रा
सयान बेटवा के मति भईल भ्रष्ट,
घरे मचावे उत्पात
इज्जत माटी में मिला गईल,
सुने ना बडन के बात
उल्टा-सीधा सवाल करे,
समझे अपना के बाप
फगुवा फेरु आ गईल,
जोगीरा भंगवा से होखी इलाज ||
जोगीरा सा रा रा रा,
फागुन महिनवा आ गईल,
सबुनवा लगावे न कोय
रंग के ऊपर रंग चढ़े,
अंग-अंग संग भिगोय
फगुवा फेरु आ गईल,
जोगीरा लगे जैसे जंग होय ||
जोगीरा सा रा रा रा, कबीरा आ रा रा रा.....
पूस-अघन ना हम देखनी,
ना कवनो कार्तिक-कुआर
साल भर में जमा कईनी,
दुसमन दस हजार
कहीं बोली चले कहीं गोली,
सबके लगे हथियार
फगुवा फेरु आ गईल,
जोगीरा दुश्मनो लागे जैसन यार ||
जोगीरा सा रा रा रा
~~@vadhesh~~
No comments:
Post a Comment